संदेश

दिसंबर, 2005 की पोस्ट दिखाई जा रही हैं

भोजपुरी फिलिम ‘घर दुआर’

चित्र
ये घरी भोजपुरी फिल्मन के चहूंओर हरियरी बा. अइसन में एगो आउर फिल्म ‘घर दुआर’ ईहे शुक के मुम्बई में रिलीज भइल हS. अइसे बनारस अS गोरखपुर में इ फिलिम पहिलही रिलीज भ गइल रहे. बनारस के सिनेमाघर में लगातार पांच हप्ता तक चलके ‘घर दुआर’ के झंडा गड़ गइल बाS. गोरखपुर में भी एकर खुब चर्चा बा. इहां गौर करें वाला बात इ बा जहां बड़-बड़ बजट वाला बम्बईया फिलिम गिरत-ढिमिलाताS ओजा ‘घर दुआर’ के दुआर पS चकल्लस बा. ई फिलिम रिलीज के अपना तीसरका किश्त में मुम्बई चहुंपल बाS. एजा भोजपुरिया लोगन ज्यादा आबादी वाला इलाका के शालीमार थियेटर, कैपिटल सिनेमा, नवरंग थियेटर आउर भिवंडी के गॅलेक्सी सिनेमा में एक साथ ई फिलिम रिलीज भइल हS. चौथका किश्त में ‘घर दुआर’ बिहार के दुआरी जाई. पहिले भोजपुरी फिलिम दु–तीन गो प्रिंट के साथ रिलीज हो जात रहे बाकी अब मामला सुधरल बा आउर निर्माता लोग पांच से दस प्रिंट बना के फिल्म रिलीज करS तारSन. ई फिलिम के निर्माता-निर्देशक महेश पांडे मूलत: लेखक हउअन आउर टेलीविजन उद्योग में उनकर अच्छा-खासा नाम बा. उनकर खाता में ‘कहानी घर-घर की’, ‘कसौटी जिन्दगी की’ आउर ‘कुसुम’ जइसन हिट पारिवारिक सीरियल लिख...