अखिल भारतीय भोजपुरी सम्मेलन के मौके प सासाराम में अभिनेता आ भोजपुरी गायक मनोज तिवारी के मंहग कार के लोग शीशा तुड़ देलहस। रेलवे मैदान में आयोजित सांस्कृतिक कार्यक्रम के समय भीड़ बेकाबू हो गइल आ पंडाल के तहस-नहस कर देहलस. कुर्सी त लोग तुड़बे कइसल जेकरा भेटाइल उ कुर्सियो उठा ले गइल. जब स्थिति नियंत्रण से बाहर होखे लागल त मनोज तिवारी आपन कार्यक्रम स्थगित कर देहलन. कार्यक्रम के उद्घाटन केंद्रीय मंत्री मीरा कुमार कइले रहनीं. शुरूआती में भोजपुरी के गीतन के मजगर माहौल बनल रहे बाकी भीड़ तब बेकाबू भइल जब 'हाथ में लेके पेप्सी कोला' अउर कुछ दोसर फूहड़ किसिम के गाना शुरू भइल. फूहड़ गाना शुरू होत मंत्री अ दोसर गणमान्य लोग ओजा से घसके लागल लो. जब वीवीआईपी घसक गइल लो पुलिसो सुस्त होके किनारे हो गइल. फेर का रहे... दारू के नशा में मताइल कुछ लोग मंच चढ़के हुड़्दंगई शुरू क देहल. फेर बिगड़ गइल माहौल. यही हुड़दंग में मनोज के कार के शीशा कुंचा गइल. अब लाख रुपिया के सवाल ई बा कि जौना आयोजन में देशभर के प्रबुद्ध (?) भोजपुरिया भोजपुरी के विकास आ सम्मान के बात करके खातिर जुटल रहल ह लो ओहिजा कलाकार से फूह...
अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के 21वां सम्मेलन चार आ पांच नवम्बर के बिहार के सासाराम में सम्पन्न भइल. अच्छा लागल कि चलS चार गो भोजपुरिया भाई जुटलन आ समाज खातिर दुगो बढ़िया बात सोचलन. . . संविधान के आठवीं अनुसूची में भोजपुरी के शामिल करेके मुद्दा पर आंदोलन के बात भइल... विश्वविद्यालयन में भोजपुरी के पढ़ाई से संबंधित बात प भी विचार भइल. यही मंच से एगो बड़ा ही अपरिपक्व विचार के भी हवा देहल गइल. अलग भोजपुरी प्रदेश के मांग कइल गइल. अब इ त नइखे मालूम कि ई विचार केकरा दिमाग में पहिले आइल बाकि इतना त तय बा कि यह तरह के विचार देवे वाला लोगन के भोजपुरी प्रेम बड़ा सतही आ स्वार्थ प आधारित बा. नीक त नइखे लागत बाकि पूछे के मन करSता कि भोजपुरी राज्य लेके अइसन कौन जादू के छड़ी घूमा दी लो जेकरा से भोजपुरिया समाज के दु:ख दूर हो जाई. सीधा-सीधा ई राजनीतिक स्टंट बा... जेकरा झांसा में अइला से भोजपुरिया समाज के बचे के बा. अगर येह तरह के मांग करे वाला लोग सही मायने में भोजपुरी आ भोजपुरिया समाज के भला चाहता त भूख, अशिक्षा आ बेरोजगारी जइसन समस्या हल करें के दिशा में कौनो ठोस कदम उठावे लो. ई न कि भो...
टिप्पणियाँ