भोजपुरी फिलिम ‘घर दुआर’

ई फिलिम रिलीज के अपना तीसरका किश्त में मुम्बई चहुंपल बाS. एजा भोजपुरिया लोगन ज्यादा आबादी वाला इलाका के शालीमार थियेटर, कैपिटल सिनेमा, नवरंग थियेटर आउर भिवंडी के गॅलेक्सी सिनेमा में एक साथ ई फिलिम रिलीज भइल हS. चौथका किश्त में ‘घर दुआर’ बिहार के दुआरी जाई. पहिले भोजपुरी फिलिम दु–तीन गो प्रिंट के साथ रिलीज हो जात रहे बाकी अब मामला सुधरल बा आउर निर्माता लोग पांच से दस प्रिंट बना के फिल्म रिलीज करS तारSन.
ई फिलिम के निर्माता-निर्देशक महेश पांडे मूलत: लेखक हउअन आउर टेलीविजन उद्योग में उनकर अच्छा-खासा नाम बा. उनकर खाता में ‘कहानी घर-घर की’, ‘कसौटी जिन्दगी की’ आउर ‘कुसुम’ जइसन हिट पारिवारिक सीरियल लिखे के श्रेय बा. ई फिलिम में भी देखनिहार के ऊ एगो लेखक के रूप में निराश नइखन कइले. हां, निर्देशन के लेहाज से फिलिम तनी कमजोर बा, बाकी पांडेजी के निर्देशक के रूप में ई पहिलका फिलिम हS एह चलते ई कमी के अनदेखी कईल जा सकSताS. यह उम्मीद के साथ कि अगिलका बार ‘घर दुआर’ जईसन बड़िया कहानी पर आउर बड़िया फिलिम बनाईंहें.
जहां कहानी ई फिलिम के मजबूत पक्ष बा ओहिजा संगीत बड़ा निराश करताS. संगीतकार सुरेश आनन्द के संगीत में मौलिकता के अभाव बा. सुरेशजी सहित सब भोजपुरिया संगीतकारलो से ई नम्र निवेदन बा कि रउआलो तनी सS आउर मेहनत करीं तS एने-वोने से संगीत टिपे के जरूरत नS पड़ी. ओईसे भी भोजपुरिया धरती लोकसंगीत के मामले में बड़ा धनी रहल बा. संगीतकार भाईलो तनी मिजाज से हो ओरिया नजर डाले लो.
हमरा पुरा उम्मीद बा कि अपना बजट से लेकर तमाम दोसर तरह के सीमा के तोड़के भोजपुरी सिनेमा बहुत ऊपर जाई. जरूरत ई बात के बा कि छौवो महाद्वीप में बसे वाला भोजपुरिया ‘घर दुआर’ जईसन प्रयास के समर्थन देस.
टिप्पणियाँ
i would like to share one information .
i know one site www.surmasti.com , here you will get a lot collection of bhojpuri film songs and folk, bhojpuri singer collection . etc .
and Maithili songs too.
Thanks
Sagar Ojha New Delhi
http://bhojpurichannel.blogspot.com
http://bhojpuriallsongdownload.blogspot.com/
hamar blog baate
http://bhojpuriallsongdownload.blogspot.com