रविवार, दिसंबर 18, 2005

भोजपुरी फिलिम ‘घर दुआर’

ये घरी भोजपुरी फिल्मन के चहूंओर हरियरी बा. अइसन में एगो आउर फिल्म ‘घर दुआर’ ईहे शुक के मुम्बई में रिलीज भइल हS. अइसे बनारस अS गोरखपुर में इ फिलिम पहिलही रिलीज भ गइल रहे. बनारस के सिनेमाघर में लगातार पांच हप्ता तक चलके ‘घर दुआर’ के झंडा गड़ गइल बाS. गोरखपुर में भी एकर खुब चर्चा बा. इहां गौर करें वाला बात इ बा जहां बड़-बड़ बजट वाला बम्बईया फिलिम गिरत-ढिमिलाताS ओजा ‘घर दुआर’ के दुआर पS चकल्लस बा.
ई फिलिम रिलीज के अपना तीसरका किश्त में मुम्बई चहुंपल बाS. एजा भोजपुरिया लोगन ज्यादा आबादी वाला इलाका के शालीमार थियेटर, कैपिटल सिनेमा, नवरंग थियेटर आउर भिवंडी के गॅलेक्सी सिनेमा में एक साथ ई फिलिम रिलीज भइल हS. चौथका किश्त में ‘घर दुआर’ बिहार के दुआरी जाई. पहिले भोजपुरी फिलिम दु–तीन गो प्रिंट के साथ रिलीज हो जात रहे बाकी अब मामला सुधरल बा आउर निर्माता लोग पांच से दस प्रिंट बना के फिल्म रिलीज करS तारSन.
ई फिलिम के निर्माता-निर्देशक महेश पांडे मूलत: लेखक हउअन आउर टेलीविजन उद्योग में उनकर अच्छा-खासा नाम बा. उनकर खाता में ‘कहानी घर-घर की’, ‘कसौटी जिन्दगी की’ आउर ‘कुसुम’ जइसन हिट पारिवारिक सीरियल लिखे के श्रेय बा. ई फिलिम में भी देखनिहार के ऊ एगो लेखक के रूप में निराश नइखन कइले. हां, निर्देशन के लेहाज से फिलिम तनी कमजोर बा, बाकी पांडेजी के निर्देशक के रूप में ई पहिलका फिलिम हS एह चलते ई कमी के अनदेखी कईल जा सकSताS. यह उम्मीद के साथ कि अगिलका बार ‘घर दुआर’ जईसन बड़िया कहानी पर आउर बड़िया फिलिम बनाईंहें.
जहां कहानी ई फिलिम के मजबूत पक्ष बा ओहिजा संगीत बड़ा निराश करताS. संगीतकार सुरेश आनन्द के संगीत में मौलिकता के अभाव बा. सुरेशजी सहित सब भोजपुरिया संगीतकारलो से ई नम्र निवेदन बा कि रउआलो तनी सS आउर मेहनत करीं तS एने-वोने से संगीत टिपे के जरूरत नS पड़ी. ओईसे भी भोजपुरिया धरती लोकसंगीत के मामले में बड़ा धनी रहल बा. संगीतकार भाईलो तनी मिजाज से हो ओरिया नजर डाले लो.
हमरा पुरा उम्मीद बा कि अपना बजट से लेकर तमाम दोसर तरह के सीमा के तोड़के भोजपुरी सिनेमा बहुत ऊपर जाई. जरूरत ई बात के बा कि छौवो महाद्वीप में बसे वाला भोजपुरिया ‘घर दुआर’ जईसन प्रयास के समर्थन देस.

8 Comments:

At 2:09 अपराह्न, Blogger Twisted Humor Inc. said...

भाइ ये भोजपुरी ब्लाँग का idea तो बढियां है...!

 
At 5:32 अपराह्न, Anonymous बेनामी said...

भोजपुरी पढ़ी के मजा आ गइल.

 
At 2:35 अपराह्न, Blogger blog49 said...

Hi,
Well this is a nice Blog on most important facts. I am happy to read this. But I am looking more and more info. Please add some thing more. I shall link from my blogs to this blog to day itself.
More than 2000 searchable profiles are there in the data base and since this is free nothing for you to lose. So act now and start to find with a suitable person to share your life.
How are you? Are you looking for a free and absolutely apt matrimonial web site to register your profile for free as well as to search and find apt partner to share life. Here is matrifind matrimonial for you. Free to join, free to search and find apt person for you. Whole service is free. Logon to http://www.matrifind.com
Later come and search for suitable profiles. We are going to promote this new service heavily so millions will login to the site all will see your profile free. So act now and visit the site to register now.

 
At 7:01 अपराह्न, Anonymous Sagar said...

thanks for nice blog , we got a lot information from this blog.
i would like to share one information .
i know one site www.surmasti.com , here you will get a lot collection of bhojpuri film songs and folk, bhojpuri singer collection . etc .

and Maithili songs too.

Thanks
Sagar Ojha New Delhi

 
At 3:32 पूर्वाह्न, Anonymous bhojpuri said...

download bhojpuri movies and bhojpuri videos,songs here

http://bhojpurichannel.blogspot.com

 
At 1:56 अपराह्न, Blogger Bhojpuri Song Download said...

thanks for such a nice blog

http://bhojpuriallsongdownload.blogspot.com/

 
At 7:48 अपराह्न, Anonymous बेनामी said...

humke aapke blog khub pasan aayel..agar aap raazi hokhi ta hamani kelink exchange kai sakelija
hamar blog baate
http://bhojpuriallsongdownload.blogspot.com

 
At 5:31 पूर्वाह्न, Anonymous BSD said...

bahut acha

 

एक टिप्पणी भेजें

<< Home

Google Groups Subscribe to bhojpuria
Email:
Browse Archives at groups.google.com